Showing posts with label Bhojpuri Sms. Show all posts
Showing posts with label Bhojpuri Sms. Show all posts

Tohar sms jab awat hai

Tohar sms jab awat hai,
Hamar ROM-ROM khil jawat hai.
Badan ma gudgudi howat hai.
Eema tohar sms ka kouno kasur naahi,
Who to hamar phoneva ka vibrator on hojawat hai.

Tohar sms ka intezaarme

Tohar sms ka intezaarme hum mobilewa hathme liye baitha hun
Tanik apni ungliyan mobile pe ghumaike etho sms wa bhej do
Hamri tarafse aapko gudmorning va…

Har Khusi Ke Rah

Har Khusi Ke Rah Tohra Taraf Mod Di
Aasman Tahra Khati Chand Sitar Tod Di
etne Se Kam Chal Jao T Deek rahi
Na t kaha T Du Char Go Jhoot Auri Jod Di

Man Kahlas Ki Chali

Man Kahlas Ki Chali SMS Kari
Shochani ki ye pagalpan Ha
Raat Adhariya Kehu Ke SMS Kail
Fer Shochni Ke Jaye Da
Jekra ke Karat Bani
Uho T Pagle Ha

रात में जागल मत

रात में जागल मत करऽ सूत जाईल करऽ.
अइसहीं मन में आँसू मत रोकल करऽ रो लिहल करऽ.
हमरा ईयाद में हरमेस रहेलऽ गुमसुम.
कबो कबो अपनो के ईयाद कर लिहल करऽ.

हाट बाट के दोस्ती

हाट बाट के दोस्ती, बदरायन संबंध़
बहत हवा ना दे सकी बारमबार सुगन्ध.
दोस्ती अजमावे के बात ना, निभावे के बात हऽ, बुझलऽ ईयार ?

काश कि रउरा बकरी

काश कि रउरा बकरी होखतीं.
हम रउरा के प्यार से घास खियईतीं
फेर प्यार से सींग पकड़ के हिलइतीं
पूछतीं
चुटपुटिहा के भेजी ?
रउरा मिमियतीं मैं.. मैं.... मैं....

उम्मीद नइखे तबहियो

उम्मीद नइखे तबहियो जियत जात बानी.
खाली बा बोतल तबहियो पियल जात बानी.
हिम्मत देखऽ हमार, रिस्पांस मिलत नइखे
तबहियो चुटपुटिहा लिखत जात बानी.

बहत गंगा में

बहत गंगा में हाथ जरुर धोवे के चाहीं,
बड़ा पुन्न होला!

खइले के ना हऽ, पचवलो के हऽ
काजर कइले के ना हऽ, मटकवलो के हऽ.

मन मगन रहतावे

मन मगन रहतावे, सुन्दर लागऽता दुनिया.
जब से खुलल बा वेबसाइट अँजोरिया.
भले चाँद सूरज में गरहन लागत रहे,
या अल्लाह कयामत ले अँजोरिया सलामत रहे.

मेहरारू अपना मरद से

मेहरारू अपना मरद से पुछलसि,
सुहागराति मे जब पहिलका हालि हमरा के देखलऽ तहरा कईसन लगनी?
मरद जवाब दिहलसि,
हम मरिये गईल रहितीं अगर
हमरा हनुमान चालीसा ईयाद ना रहल रहित!

सभ केहू व्यस्त बा

सभ केहू व्यस्त बा
अपना जिनिगी का भँवर में.
अइसना में एगो चुटपुटिहा
धीरे से कहि जाले कि
केहू बा,
जे तोहरा के भुलाईल नईखे.

औरतन के गलती के

औरतन के गलती के गिनती नइखे
जबकि मरद दूइये गो गलती करेले...
एगो जवन कहेले
दोसर जवन करेले.

एह उम्मीद के टूटे

एह उम्मीद के टूटे मत दीहऽ
दिल के लगी के कम होखे मत दीहऽ
दोस्त मिलिहन बहुते हमरो ले बढ़िया
बाकिर केहू के हमार जगहा लेबे मत दीहऽ